रिलीज खातिर तइयार बा चोरवा बनल दामाद

भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिहं, सीमा सिंह, रुबी सिंह, नीलिमा सिंह, आ जय सिंह. एह सिंहन के दहाड़ रउरा सुने के मिले जा रहल बा चोरवा बनल दामाद में जवन प्रदर्शन खातिर तइयार बा. ई फिल्म बिहार में बड़का थियेटरन से आपन कब्जा जमावल शुरु करी.

अणिल अग्रवाल के बनावल एह फिल्म के निर्देशन रजनीश त्यागी कइले बाड़े. अनिल अग्रवाल के पहिलका फिल्म जोगी जी धीरे धीरे के जब दर्शक, समीक्षक, आलोचक मनोरंजक फिल्म करार दिहलें त एह नौजवान निर्माता के हौसला बुलन्द हो गइल आ अपना दुसरका फिल्म फुलौरी बिना चटनी कइसे बनी के म्यूजिक रिलीजे का पार्टी में ऊ अपना तीसरका फिल्म के एलान कर दिहलें. चोरवा बनल दामाद उहे फिल्म ह. आ अभ बन के तइयार हो चुकल बा. आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के प्रस्तुति आ एचटूओ प्रोडक्शन का बैनर में बनल एह फिलिम में सिंहन के दहाड़ के अलावे अली खान, प्रिया पाण्डे, अमृतपाल, माया यादव, आ मकबूल निसारो के हुँकार सुनाई दीहि. एकर गाना विनय बिहारी के, संगीत राजेश गुप्ता के, छायांकन हीरा सरोज के, आ मारधाड़ रियाज सुल्तान के बा.

पवन सिंह एह फिल्म के ले के बहुते उत्साहित बाड़े आ कहेलें कि ई उनका फेवरिट फिल्मन में से ह


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।