‘रिहाई’ के पहिला झलक दर्शकन में क्रेज बढ़ा दिहलसि

AdityaOjhaसिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी बनल फिलिम ‘रिहाई’ के पहिला झलक का जारी भइल कि सभका जुबान पर बस “रिहाई” ए के बात रह गइल. एह पहिला झलकी में आग से निकलत नायक आदित्य ओझा आ खलनायक संजय पांडे, अकबर नकवी अउर नायिका काजल राघवानी के मदमस्त कर देबे वाला लुक सभका भावत बा.

निर्देशक अजय ओझा के कहना बा कि ‘रिहाई’ वाकई भोजपुरी सिनेमा के नया ट्रैक पर ले आई. आ एकरो के दर्शक वइसहीं पसंद करीहें जइसे उनुका फिलिम ‘सुगना’ के कइले रहलें, ‘सुगना’ बनावे वाली कंपनी ब्राउन आई इंटरटेनमेंट प्रा.लि. अब यूनीक इंटरप्राइजेज संगे मिल के आपन अगिला फिलिम बनावत बिया ‘रिहाई’ जवना में फेरु एक बेर आदित्य ओझा के जलवा देखे के मिली, एकरो निर्देशक बाड़ें अजय के. ओझा जे एकर पटकथो लिखले बाड़न. संवाद आ कहानी नन्हें पांडे के लिखल बा.

बतावल जात बा कि ‘रिहाई’ के कहानी ‘सुगना’ से बहुते अलगा बा आ पहिला बेर भोजपुरी दर्शक अइसन कहानी के रूबरू होखीहें. फिलिम के गीतकार हउवें फणिन्द्र राव आ संगीतकार गुणवंत सेन. एक्शन डायरेक्टर जीतू सिंह, कैमरा मैन फिरोज खान, नृत्य निर्देशक जे.डी.अउर ओमी.

फिलिम ‘रिहाई’ में गेस्ट अपियरेंस में नजर अइहें भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ एह तरह पहिला बेर कवनो फिलिम में आदित्य ओझा आ निरहुआ एक संगे नजर अइहें. खलनायक के भूमिका में अकबर नकवी आ संजय पांडे बाड़ें. बाकी कलाकारन में संजय वर्मा, अयाज खान, प्रकाश जैस, सी.पी. भट्ट, श्रद्धा मिश्रा, गोविंद खत्री, रत्नेश, किशोर नादलस्कर, रजनिका गांगुली अउर रोशन सिंह के नाम बा. एह फिलिम के आयटम नम्बर में मोनालिसा बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।