रीता प्रकाश के फिल्म खातिर कल्पना गाना रिकार्ड करवली

निर्माता रीता प्रकाश के शिव प्रिया फिल्म्स प्रोडक्शन का बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘प्रोक्डक्शन नं. 1’ खातिर गायिका कल्पना पिछला दिने मुंबई, म्हाडा के ए.बी. साउण्ड रिकार्डिंग स्टूडियो में सुरेश कुमार ‘सनकी’ के संगीत निर्देशन में फिल्म के आखिरी गीत रिकार्ड करवली.

एह फिल्म के निर्देशक पारस एन. सिंह, कथा-गीतकार जलाल अकबर, पटकथा-संवाद लेखक बी.बी. मौजी, कैमरामैन जी.डी. शर्मा, आ मुख्य कलाकार दीपक दुबे, तनुश्री चटर्जी, सुदेश बेरी, समर्थ चतुर्वेदी, मेहनात, कंचन अवस्थी, राम कृष्ण कटेल, सिमरन आ गिरीश शर्मा हउवे. किरन कुमार अतिथि कलाकार बाड़े.

एह फिल्म के 25 दिन के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग एही महीना 25 तारीख से बनारस में शुरु होखी. निर्देशक पारस एन. सिंह कहले कि एह नारी प्रधान फिल्म में समाज में पसरल अंधविश्वास देखावल जाई.


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..