रुबी सिंह आत्महत्या कर लिहली

अभी थोड़ देर पहिले पता चलल कि भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल अभिनेत्री रूबी सिंह आत्महत्या कर लिहले बाड़ी. रुबी सिंह के लाश आजु गोरेगाँव पश्चिम में उनुका भाड़ा वाला फ्लैट में दुपट्टा से लटकत मिलल. सुने में आइल बा कि रुबी सिंह एगो सुसाइड नोट छोड़ गइल बाड़ी जवना में लिखल बा कि ऊ खुद फाँसी लगावत बाड़ी आ एह खातिर केहु के दोषी मत मानल जाव.

मिस पटना रह चुकल रूबी सिंह के पिता डीएसपी हउवे आ परिवार पटना में रहेला. रूबी सिंह एहिजा अकेले रहत रहली. पटने के उनकर एगो दोस्त यदा कदा उनुका से भेंट करे आवत रहुवे. आजु जब ऊ रुबी सिंह से भेंट करे आइल त दरवाजा बन्द मिलल आ बहुत आवाजो लगवला पर ना खुलल त दरवाजा तूड़ के भितर गइला पर रूबी सिंह के लाश पंखा से दुपट्टा का सहारे लटकत मिलल.

रुबी सिंह अपना कैरियर के शुरुआत आलोक कुमार के फिल्म “हो गइल बा प्यार ओढ़निया वाली से” के नायिका बन के कइले रहले. उनुकर आखिरी रिलीज फिल्म रहल शाद कुमार के “त्रिनेत्र” जवना में ऊ पवन सिंह के नायिका रहली. रूबी सिंह के आवे वाली फिलिमन में एलाने जंग, तोहरे नाम जिला हिलेला वगैरह बाड़ी सँ.

हालही में रूबी सिंह शाद कुमार के फिल्म “गौतम गोविन्दा” साइन कइले रहली.

रूबी सिंह के मौत के खबर से पूरा भोजपुरी फिल्म जगत सन्न रहल गइल बा.


(उदय भगत के भेजल रपट )

1 Comment

  1. Sunil

    hardik shradanjali



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।