रेलगाड़ी दू गो ट्रक के धक्का मरलसि

अमृतसर सियालदह अकालतख्त एक्सप्रेस आजु सबेरे जौनपुर के बबुरा गुमटी क्रासिंग पर दू गो ट्रक के धक्का मार दिहलसि. समपार क्रासिंग के फाटक खुलल रहुवे आ ट्रेन के सिग्नल लाल रहुवे बाकिर ओकर ड्राइवर सिग्नल ना देखलसि आ लाइन पार करत दू गो ट्रक के धक्का मार दिहलसि. एगो ट्रक के ड्राइवर ओहिजे मर गइल. दोसरका के ड्राइवर के हालत खराब आ अस्पताल में भरती करावल गइल बा. एगो अउरी आदमी गम्हीराह घवाहिल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा. रेलवे अधिकारी बतावत बाड़न कि एह लापरवाही खातिर ट्रेन ड्राइवर के निलंबित करे के कार्यवाही शुरु कर दिहल बा. मानल जा सकेला कि कोहरा का चलते ऊ सिग्नल ना देख पवले होखो, तबहियो ओकरा सावधानी से ट्रेन चलावल चाहत रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।