रेलराज्य मंत्री मनोज सिन्हा का चलते दिलदारनगर टीसन के नीमन दिन आइल

गाजीपुर से सांसद आ मोदी सरकार मे रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा के पहल पर दिलदारनगर टीसन के दिन बहुरे वाला बा. एहिजा नया रिजर्वशन भवन के निर्माण पूरा हो गइल बा. यात्रियन के मिले वाला सुविधो बढ़े के पूरा उमेद बन गइल बा.

दिलदारनगर टीसन पर सोमार का रात टिकट चेकिंग का दौरान सात गो बूतड़ू मिलले स जवनन के बहला फुसला के दिल्ली ले जाइल जात रहे. ले जाएवाला त पकड़ मे ना आइल बाकिर पुलिस एह मासूमन के ध ले गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।