रेल भाड़ा में दू फीसदी के बढ़ोतरी

सात अक्टूबर से रेल भाड़ा में दू फीसदी के बढ़ोतरी कर दीहल गइल बा. बढ़ोतरी मेल एक्सप्रेस गाड़ियन के हर श्रेणी मे भइल बा. रेल मंत्रालय के कहना बा कि डीजल के दाम बढ़ला का चलते ई बढ़ोतरी करे के पड़ल बा. माल भाड़ा पहिलही बढ़ा दीहल रहे बाकिर अब ओहू में फेर से बढ़ोतरी भइल बा. माल भाड़ा में ई बढ़ोतरी 1.7 फीसदी भइल बा जवन दस अक्टूबर से लागू होखी.
बाकिर महानगरीय उपनगरीय सेवा, मासिक सीजन टिकट आ सवारी गाड़ियन के दुसरका दर्जा के भाड़ा नइखे बढ़ावल गइल,
रेल में अब साल में दू बेर ईंधन खरचा के हिसाब से भाड़ा में घट बढ़ कइल जाई. एह बात के इंतजाम पिछलका बजट में कर दीहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।