लंदन ओलम्पिक सुशील कुमार स्वर्ण पदक जीते से एक कदम दूर

आजु अतवार का दिने इतिहास बनावत भारत के पहलवान सुशील कुमार कजाकिस्तान के अक्झुरेक टानाटारोव के सेमीफाइनल में हरा दिहलें. ६६ किलोवर्ग के कुश्ती प्रतियोगिता में अब सुशील स्वर्ण पदक खातिर लड़ीहें.
साठ किलो वर्ग मे काल्हु योगेश्वर दत्त कांस्य पदक जीतले रहलें.
ओने ओलम्पिक में भारत के हॉकी टीम शर्मनाक प्रदर्शन करत बारह टीम में सबले निचला पायदान पर रहल काहे कि ऊ एकहू मैच जीत ना पवलसि. अब एह हार से टीम सीख लीहि एकर उमेद कइल जा सकेला आ देश में हॉकी एसोसिएसन के लड़ाई खतम हो जाव त बढ़िया. ओलम्पिक में हॉकी के फाइनल मुकाबला नीदरलैण्ड आ जर्मनी का बीच होखी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..