लउकत बा पर ठेकी नाँही

कोरोना के टीका बने बनवावे पर मोदी सरकार के जोर आ बिहार चुनाव में कहल फोकट में टीका लगवावे के वादा का बाद देश के जनता का बीच ई भावना पनपल कि कोरोना के वैक्सिन बनला का बाद सभका के सरकार ई टीका लगवा दी.

बाकिर सकल पदारथ एही जग माँही, लउकत बा पर ठेकी नाँही का तर्ज पर आजु सरकार का तरफ से साफ कइल गइल बा कि सभका के ना त टीका लगवावल जाई ना ही एकर कवनो जरुरतो बा. केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के दैनिक प्रेस क़न्फ्रेंस में इंडियन काउंसिल ऑफ मेडिकल रिसर्च के डायरेक्टर जनरल बलराम भार्गव साफ कहलन कि सरकार कबो अणसन नइखे कहले कि पूरा देश के टीका लगावल जाई. कहलन कि सरकार के मकसद बा कोरोना के पसार के कड़ी तूड़े के आ अदर सबले बेसी जोखिम झेलत आबादी के अगर टीका लगवला से ई कड़ी टूट जाल बावे त सगरी आबादी के टीका के जरूरते ना होखी.

सरकार का तरफ से ऑक्सफोर्ड वैक्सीन के ट्रायल में शामिल एगो आदमी पर दुष्प्रभाव पड़े के दावा नकारत कहल गइल कि एह तरह के क्लीनिकल ट्रायल मे शामिल होखे वाला हर आदमी के बतावल रहेला कि ट्रायल में कुछ नुकसानो हो सकेला. एह मामिला में आइल शिकायत के जाँच का बाद मानल गइल कि ऊ दुष्रप्रभाव वैक्सिन का चलते ना भइल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।