’लउकेला किला त हिलेला जिला’ के भव्य म्यूजिकल लॉंचिंग

LaukelaKilaTaHilelaZilaसुनिला मिश्रा के परोसल आ दुर्गा फिल्म्स प्रोडक्शन बैनर के दोसरकी रही दूसरकी भोजपुरी फिलिम ’लउकेला किला त हिलेला जिला’ के भव्य म्यूजिकल लॉंचिंग पिछला दिने मुंबई के पंचम स्टूडियो में पवन सिंह क आवाज़ में एगो रोमाटिंक गीत रिकार्ड करा के कइल गइल गोविन्द विद्यार्थी के लिखल एह गीत के संगीत दिहलें लाल सिन्हा.

एह फिलिम के निर्माता संजय कुमार मिश्रा, लेखक-निर्देशक संतोष मिश्रा, डांस डायरेक्टर संजय कोर्वे आ कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती हउवें. मुख्य कलाकार रहीहें पवन सिंह, स्मृति सिंन्हा, शुभी शर्मा, सुशील सिंह, अउर अवधेश मिश्रा वगैरह.

फिलिम के कहानी एगो कोठेवाली क बा आ एहमें कोठावालियन के दशा दुर्दशा के सही चित्रण कइल जाई. ई कहलें निर्माता संजय मिश्रा. म्यूजिकल लांचिंग के एह सुअवसर पर फिलिम के कलाकारन के अलावा सुजीत तिवारी, अनिल सम्राट, ब्रजेश त्रिपाठी, हरीश जायसवाल, दीपक सिन्हा, जीत चटर्जी, अनन्जय रघुराज, प्रणीत जायसवाल, रवि कश्यप, जीतेन्द्र सिंह ’जीतू’, गोविन्द दुबे, संजय यादव, नरसू, संतोष सिंह वगैरह खासमखास लोग मौजुद रहल.


(समरजीत)

1 Comment

  1. sumit kumar giri

    pawan singh super star

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..