लक्षित हिंसा निवारण विधेयक के जम के विरोध करत बाड़ी जयललिता

तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जे.जयललिता केद्र सरकार के प्रस्तावित साम्प्रदायिक आ लक्षित हिंसा निरोधक विधेयक 2011 के मसौदा पर कडा एतराज जतवले बाड़ी.

एकता परिषद में उनकर पत्र राज्य के एगो मंत्री पढ़लें जवना में एह विधेयक के स्वरूप आ भाषा पर सवाल उठावत जयललिता कहले बाड़ी कि एह विधेयक के प्रावधानन पर आपन आपत्ति ऊ केद्र के बता दिहले बाड़ी आ ई अन्नाद्रमुक आ तमिलनाडु सरकार के फैसला बा. कहले बाड़ी कि एह विधेयक के कईएक प्रावधान अझुराह रुप से लिखाइल बा जवना से ओकर गलत इस्तेमाल हो सकेला. कहली कि विधेयक के उपबंध 20 राज्यन के स्वायत्तता पर सीधा हमला बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।