लक्ष्मण रेखा के पोस्ट प्रोडक्शन पूरा भइल

vinay-gunjanभारतीय संस्कृति आ भोजपुरिया संस्कार परोसे वाली पूरा तरह से पारिवारिक आ नीमन मनोरंजन करे वाली फिलिम “लक्ष्मण रेखा” के निर्माण आशा प्रोडक्शन्स के बैनर में भइल बा. निर्माता अशोक गुप्ता आ आशा गुप्ता के एह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम पूरा हो गइल बा.

फिलिम के निर्देशक हवें मनोज गिरी जे एह फिलिम का जरिए सुपर स्टार विनय आनंद आ स्टार अभिनेत्री गुंजन पन्त के रोमांटिक जोड़ी आदर्श भोजपुरिया मरद मेहरारू का रुप में परोसले बाड़न. पटकथा धर्मेन्द्र नाथ ओझा के लिखल, गीत डा0 सागर के लिखल आ संगीत सतीश अजय के बा. कार्यकारी निर्माता ऋषभ गुप्ता, सिनेमैटोग्राफर यश कुमार भगत, कला राजेश उर्फ़ पप्पू श्रीवास्तव, मार-धाड़ दिलीप यादव, नृत्य निर्देशन – इशाक खान व ज्ञान सिंह, संकलन- ललित तिवारी तथा मिक्सिंग – संजय राजीव ने किया है। मुख्य कलाकारन में विनय आनंद, गुंजन पन्त, अर्चना सिंह, विनोद आनंद, अक्षत राज, माया यादव, प्रिया पाण्डेय, सुनीता सिंह, बंधू खन्ना, पंकज कुमार, राजेश तोमर, अउर एहसान खान वगैरह बाड़ें.


(अपना समाचार)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।