लड्डन मियां नार्को टेस्ट करावे ला तइयार नइखे

LaddanMian
कुछ दिन पहिले सिवान के पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या का केस में सरगना बतावल जात लड्डन मियां के आजु शुक का दिने सिवान सीजेएम कोर्ट में पेश कइल गइल. ओकरा से नार्को टेस्ट करावे का बारे में पूछाइल कि एहपर ओकर का मन बा त ऊ नार्को टेस्ट करावे से साफे मना क दिहलसि.

जोन जाईं कि पुलिस ओकरा के तीन दिन के रिमाण्ड पर लिहला रहुवे बाकिर ऊ राजदेव हत्याकाण्ड का बारे में चुप्पी सधल् रहि गइल. त पुलिस ओकर नार्को टेस्ट करावे के इजाजत मंगले रहुवे अदालत से. आ एही खातिर ओकरा के आजु पेश कइल गइल रहुवे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।