लफुआ देवर के कहानी सुनइहें निर्देशक अजय कुमार

AjayGupta
अपना कैरियर के पहिलके फिलिम में भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी के लेके ‘यादव पान भंडार’ फिलिम के निर्देशित करे वाला चर्चित निर्देशक अजय कुमार अबले जतना फिलिम निर्देशित कइले बाड़न सभन के लोग पसंद करत आइल बा. अब उ फिलिम ‘पागल प्रेमी’ भा ‘ठोक देब’ एह दुनू फिलिमन के निर्देशक रहल अजय कुमार के कैरियर प्रसिद्धि के शिखर पर चहुँप गइल बा.

अब अजय कुमार ले के आवत बाड़न आपन नया फिलिम ‘लफुआ देवर’. एकर निर्माता हउवें युवा निर्माता प्रशांत कुमार गिरी आ बैनर होखी शुभा क्रियेशन के. ‘लफुआ देवर’ के कहानी, पटकथा आ संवाद तइयार कइले बाड़न प्रेम कुमार शर्मा.

निर्माता प्रशांत गिरी के कहना बा ‎कि फिलिम फेमिली ओरियंटेड होखल चाहीं जवना के सगरी परिवार एक संगे देख सको.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।