लमहर दूर ले मार करेवाला मिसाइल अग्नि-4 के सफल परीक्षण

ओडिशा के बालासोर का लगे समुद्री किनारे भारत अपना लमहर दूर ले मार करे वाला मिसाईल अग्नि-4 के काल्हु सोमार का दिने सफल परीक्षण कइलसि. देशे में बनल एह मिसाइल से चार हजार किलोमीटर ले मार कइल जा सकेला आ एह तरह एकरा निशाना पर दुनिया के बड़हन हिस्सा आ जाई. एह हथियार से परमाणुो बम फेंकल जा सकेला.

सतह से सतह पर मार करे वाली ई अग्नि -4 मिसाइल 20 मीटर लंमहर हवे आ एकर वजन 17 टन बावे. एहमें आधुनिक हवाई उपकरण लगावल गइल बा. एकर ई पाँचवा परीक्षण रहुवे आ कंप्यूटर से लैस ई मिसाईल अपना निशाना पर अचूक मार कर सकेला.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।