लमहर पारी खेले ला अब तइयार बाड़न निर्मल आनंद

NirmalAnand“ये स्कर्ट बाली” एलबम क बाद निर्मल आनंद के एकहू एलबम मार्केट मे ना आइल. जब ई सवाल उनुका से कइनी त कुछ देर ले त ऊ सन्न रहि गइलन. लागल कि हम उनुका दुखात घाव पर हाथ रख दिहनी. एह बारे मं निर्मल आनन्द कवनो बात ना कइलन. बाकिर कहलन कि अब एगो लमहर पारी खेले ला तइयार बाड़न
बतावत चलीं कि निर्मल आनंद अपना नया एलबम के तइयारी में लागल बाड़न. एह बारे में निर्मल आनंद बतवलन कि एह में सेमी क्लासिकल आ वेस्टर्न के संगम बा. आजु का दौर में भोजपुरी म्यूजिक इंडस्ट्री मे लोग लोक गीत से आपन शुरुआत करेला बाकिर निर्मल आनंद अलग रास्ता धइले बाड़न. देखल जाव कि ई राह उनुका के कहाँ ले जात बा.
निर्मल आनंद के कहना बा कि अप्रेल में एह एलबम पर काम शुरू हो जाई आ ओकरा बाद एक के बाद एक एलबम आइल करी.
एलबम के रेकोडिस्ट संजय सिंह के कहना बा कि अबहीं म्यूजिक तइयार होखत बा आ सगरी गाबा रउरा सभे के पसंद आई. खास कर के एगो गाना “यारों के यार हम बानी, भोजपुरिया जवान हम बानी”.


(कुन्दन)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।