‘लल्लू बिहारी‘ रिलीज ला तइयार हो गइल

प्राग फिल्म्स के बैनर तले बनल निर्माता शोभा स्वराज आ एडीटर-निर्देशक पी. राजकुमार के भोजपुरी फिल्म ‘लल्लू बिहारी‘ सेंसर का लगे भेजाए वाला बा जहवाँ से लवटला का बाद एकरा के जल्दिए सभ जगहा रिलीज कइल जाई.

एह फिलिम के कहानी एगो अइसन दबंग ठाकुर प्रताप सिंह के बा जेकर चारो ओर बोलबाला बा आ जे अपना दबंगई के चलते गांव वालन पर बहुते जुल्म करऽता. अपना दबंगई में ऊ एगो किसान राम सिंह के हत्या करवा देता. राम सिंह के हत्या के बाद ओकर पत्नी आ बेटा लल्लू अकेले रह जातारें. ठाकुर के बड़का बेटा बिहारी सिंह के जब पता चलऽता कि ओकर बाप राम सिंह के हत्या करववले बाड़ें त ऊ राम सिंह के बेवा रुक्मिणी आ बेटा लल्लू के मदद करे लागऽता. धीरे-धीरे लल्लू आ बिहारी के बीच दोस्ती हो जाता. ठाकुर प्रताप सिंह के ई दोस्ती पसंद नइखे से ऊ एह दोस्ती के तूड़वावे के बहुते कोशिश करता बाकिर सफल नइखे हो पावत. लेकिन जब लल्लू के पता चलऽता बिहारी सिंह के बापे ओकरा बाप के क़ातिल ह तब का होता? एकर अंदाजा फिलिम देखले पर लागी. एह कहानी में बहुते ट्विस्ट बा.

कथा-पटकथा राजीव झा के, संगीत बैजू बंशी के, गीत संजय स्नेही, अमित सिंह अउर डॉ. अशोक सिन्हा के, कोरियोग्राफर माधव सिंह राठौर आ अनिल राज, एक्शन संजय-अनिल के, कैमरामैन राज खिलनानी अउर लाला, आ सह-निर्माता भूषण सिंह हउवें. फिल्म में राकेश पाण्डे, बबलू सिंह, आलोक, शुभम सिंह, तनुश्री, रेखा भंडारी, प्रीति शर्मा, रासराज आ आइटम डांस में अंशु तिवारी बाड़ी.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..