लवटत बारात के बोलेरो पलटला से सात जने के मौत अनेके घवाहिल

सिवान जिला के इसुआपुर इलाका के मोरवा गाँव से राजेन्द्र रावत के बेटा अमलेश के बारात सहसराँव गइल रहुवे. बिआह भइला का बाद लवटती बनियापुर के मानोपाली स्कूल का लगे बोलेरो पलटी मार दिहलसि आ सड़का का दोसरा तरफ बारह फुट गहीर गड़हा में गिर गइल. एह हादसा में सात जने के मौत ठाँवे पर हो गइल जबकि आधा दर्जन घवाहिलन के सिवान अस्पताल भेजल गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।