लहँगा उठाए वाला रिमोट फेरू हाथे लागल रवि किशन के

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन बरीसन पहिले अइसन रिमोट उठवले रहले जे लहँगा उठा देत रहुवे त बॉक्स ऑफिस पर धमाल मच गइल रहुवे. अब फेर रवि किशन अपना हाथ में रिमोट लेके ओही इतिहास के दोहरावे के तइयारी शूरू कर दिहले बाड़न.

सिनेमा भोजपुरी के इतिहास में दस गो बड़की सफल फिलिमन में से एगो रहुवे भोजपुरी सिनेमा के शो मैन मोहनजी प्रसाद के फिल्म “पंडित जी बतायीं ना बियाह कब होई”. ओह फिल्म के गाना जबरदस्त धूम मचवले रहुवे आ दर्शकन के भीड़ सिनेमा घरन में उमड़ पड़ल रहुवे. ओकरे एगो गाना रहल – “तोहार लहंगा उठा देब रिमोट से” जवन आजुवो भोजपुरिया कार्यक्रमन में जम के ताली बिटोरेला. अब ओही गाना के नया अंदाज़ जल्दिए दर्शकन के देखे सुने के मिली अल्टूड़ा फिल्म के पहिलकी भोजपुरी फिल्म “रणवीर” में.

सगीतकार हउवें गुनवंत सेन. निर्देशक फ़िरोज़ खान, आ निर्माता अनिल सुन्कारना अउर मनीषा कृष्णा के एह फिल्म में रवि किशन के अपोजिट तीन तीन गो नायिका बाड़ी काजल राघानी, कृषा खंडेलवाल आ इशा खान. पंडित जी बतायीं ना बियाह कब होई वाला गाना में रवि किशन नगमा के लहंगा रिमोट से उठावत रहलें जबकि “रणवीर” क गाना में काजल राघानी के लहँगा उठी. बकौल रवि किशन “रणवीर” के सगरी गाना दर्शकन के झूमा दी आ फ़िरोज़ खान ओकनी के बहुते खुबसूरत अंदाज़ में फिल्मवले बाड़न.

बतावे जोग बा कि अल्टुरा फिल्म्स तेलगु फिल्म इंडस्ट्रीज़ क जानल मानल फिल्म निर्माण कंपनी ए के इंटरटेनमेंट आ 14 रील्स इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड के सहयोगी कंपनी ह. एही महीना बॉक्स ऑफिस पर दस्तक देबे जात एह फिल्म में रवि किशन, काजल राघानी, कृशा खंडेलवाल, इशा खान, ब्रिजेश त्रिपाठी, जी. रवि कुमार, अनूप अरोड़ा, हैरी जोश, राकेश त्रिपाठी, फ़रीन, अभिलाषा, शीतल, मेरी वगैरह के मुख्य भूमिका बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment