लाइन मारे ला देवरवा बलम जी

भोजपुरी फिल्म तू ही मोर बालमा के भोजपुरी के फोर इडियट्स बतावे वाला लोग कहत बा कि एह फिल्म ससे भोजपुरी सिनेमा में कामेडी फिल्म के दौर फेरु से लवटे के उमेद बा. हँसा हँसा के पेटबथी करा देबे वाली ई फिल्म प्रदर्शन खातिर तइयार बिया आ जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.

विदाई जइसन सुपरहिट फिल्म के निर्देशक असलम शेख के निर्देशित आ रितेश कुमार ठाकुर के निर्माण आ जितेश दूबे के प्रस्तुति तू ही मोर बालमा एह लोग के ड्रीम प्रोजेक्ट बा. एह फिल्म के एगो गाना लाईन मारे ला देवरवा बलम जी अबहिये से बिहार में हर ओर बाज रहल बा. तू ही मोर बालमा में एगो दू गो ना पूरे छह गो सितारा जगमगइहें. जूनियर निरहुआ प्रवेशलाल यादव, पिछला साल के बहुचर्चित नवोदित सितारा शुभम तिवारी आ दीपक दूबे के साथ हँसा हँसा के लोटपोट करावे वाला कामेडियन मनोज टाइगर, अपना गायकी से चर्चित अरविंद अकेला कल्लू का साथ विदाई फेम के नायिका रिंकू घोष. सभकर किरदार चउँकावे वाला बा. साथ में बृजेश त्रिपाठी, आलोक यादव आ मुश्ताक खानो कमाल करीहें.

फिल्म के लाजवाब गीत लिखले बाड़े विनय बिहारी आ संगीत ह धनंजय मिश्र के. पाँच नायक आ एक नायिका वाली भोजपुरी के ई पहिलकी कामेडी रोमांच से भरल आ समसामयिक होखी.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।