लाखों लोग का बीचे जहानाबाद में आयटम कइली सीमा सिंह

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आ भोजपुरी वर्ल्ड के रंगबाज हैदर काजमी पिछला दिने मिल के एगो रिकार्ड रच दिहले. पहिला बेर बिहार के नक्सलाइट बेल्ट जहानाबाद में कवनो आयटम नंबर शूट कइल गइल. हैदर काजमी के फिल्म ‘कालिया’ खातिर सीमा सिंह जब ई आयटम नम्बर कइली त उनुकर डांस तड़का देखे खातिर नाहियो त छह लाख लोग के भीड़ जमा रहुवे. अतना भीड़ देखि के घबड़ाइल सीमा सिंह के निर्देशक शिवराम यादव आ हैदर काजमी हौसला बढ़वलन त ऊ शानदार आयटम नंबर कर देखवली.

जहानाबाद में पहिला बेर ई शूटिग होत रहुवे आ ओहू पर आयटम नम्बर. लोग सुनते रेला बन के उमड़ पड़ल. बाकिर भीड़ के अनुशासन के सीमा काबिले तारीफ बतवली.

जबरदस्त एक्शन से भरल ‘कालिया’ में हैदर काजमी के नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह, निर्देशक शिवराम यादव, मुख्य खलनायक अनिल यादव आ साथ में बाड़न बालेश्वर सिंह. कहानी खुद शिवराम यादव के लिखल ह इ निर्माण करावत बिया एस.सी. डिजिटल प्रा. लि.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।