लागल नथुनिया के धक्का से चहकल बाड़े पवन सिंह


भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिंह अपना नयका फिल्म “लागल नथुनिया के धक्का” से बहुते चहकल बाड़े. उनका पूरा उम्मीद बा कि ई फिल्म दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करे वाला साबित होखी आ शानदार सफलता मिली एकरा. पवने सिंह ना, फिल्म के सगरी टीमे के इहे कहना बा. चन्द्र बी॰ वर्मा आ रोहन आर॰ शाह के बनावल एह फिल्म के निर्देशन सुनील सिन्हा कइले बाड़न जिनकर दावा बा कि भोजपुरी में अइसन संदेशप्रद आ मनोरंजक फिल्म आजु ले ना बनल रहे. एह फिल्म के सबले बड़ खासियत ई बा कि एकरा में भरपूर मनोरंजन का साथे साथ एगो सामाजिक संदेशो बा. फिल्म के जल्दिये रिलीज कइल जाई.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, आरती पुरी, कृष्णा खण्डेलवाल का साथ में अवधेश मिश्रा आ आनन्द मोहन के नाम बा. फिल्म के गीतकार हउवें विनय बिहारी आ वीरेन्द्र के पाण्डेय. संगीत मधुकर आनन्द के बा. फिल्म लाइन के जानकारन के कहना बा कि फिल्म के बढ़िया सफलता मिली.(Source – Shashikant Singh)
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।