‘लाज’ बचावे खातिर जान पर खेल जइहें रिंकू घोष

भोजपुरी सिनेमा के हॉट गर्ल रिंकू घोष अब ‘लाज’ बचावे परदा पर आवे जा रहल बाड़ी. भोजपुरी में बनत फिल्म ‘लाज’ में नंबर वन नायिका रिंकू घोष मुख्य भूमिका निभावत बाड़ी आ उनुकर साथ दीहें दू गो कमसिन नायिका गुंजन पंत आ अनारा गुप्ता.

जितेश दुबे के प्रस्तुति अउर सुरेन्द्र कपूर आ निलाभ तिवारी के बनावल एह फिल्म में रिंकू घोष, गुंजन पंत अउर अनारा गुप्ता अइसन नारी के भूमिका में बाड़ि जे ‘लाज’ बचावे खातिर अपना जान पर खेल जाली. औरत के सम्मान आ स्वाभिमान पर बनावल जाये वाला एह फिल्म फिल्म “लाज” के भव्य मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के गोरेगांव का कृष्णा स्टूडियो में करावल गइल. सोम्या प्रोडक्शन प्रा. लि. की फिल्म ‘लाज’ के निर्देशन करीहें विनोद तिवारी. कथा-पटकथा-संवाद सुरेंद्र मिश्रा के लिखल रही. गीत श्याम देहाती अउर अरविंद तिवारी के लिखल आ संगीत दीहें राज सेन. कार्यकारी निर्माता रहीहें मेघना अरोड़ा. कला अजंनी तिवारी के बा. कलाकारन में रिंकू घोष, गुंजन पंत, अनारा गुप्ता, सुदीप पांडे, दीपक दुबे आ बृजेश त्रिपाठी रहीहें.

फिल्म के निर्माता सुरेन्द्रपुरी पंजाबी फिल्मन के जानल मानल निर्माता हउवें आ भोजपुरी में ई उनुकर पहिला फिल्म होखी.


(स्रोत : शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।