लाट साहब राजीव दिनकर

भोजपुरी सिनेमा में हिन्दीवालन का देखादेखी फिल्मी सितारन के नाम ओह लोग का सफल फिल्मन पर रखाये लागल बा. हिन्दी सिनेमा में सलमान के दबंग खान त शाहरुख के किंग खान कहल जाला. भोजपुरी सिनेमा में मनोज तिवारी के नाम भोजपुरिया डॉन पड़ गइल त राजीव दिनकर के नाम लाट साहब. त लाट साहब राजीव दिनकर, जे पहिले सितारन के नचावत रहलें आ अब खुदे नाचे लागल बाड़न, एह घरी के॰डी॰ के फिल्म “प्राण जाई पर वचन ना जाई” में आ एम॰आई॰राज निर्देशित फिल्म “केहु हमसे जीत ना पाई” में रविकिशन का साथ नायक का भूमिका में नजर आवेवाला बाड़न. “प्राण जाई पर वचन ना जाई” में नायक बनल राजीव दिनकर आपन जान दे देत बाड़न बाकिर वचन बाँव नइखन जाये देत. एह फिल्म का शूटिंग का दौरान राजीव दिनकर, जे अपना के खालिस भोजपुरिया कहेलें, जम के बनारसी लस्सी आ कचौड़ी जिलेबी पर हाथ साफ कइलन. फिल्म के निर्दशक के॰डी॰ के प्रशंसा करत राजीव के कहना बा कि ऊ बार बार केडी का साथे काम कइल चहीहें.
निर्माता महिपाल दास के एह फिल्म के एगो स्टंट सीन करत राजीव दिनकर लहुलुहान हो गइलें. सीन में दिनकर के उघार पीठ पर दर्जन भर ट्यूबलाइट फोड़ल गइल जवना में ऊ घवाहिल हो गइले बाकिर सीन के शूटिंग बढ़िया से कराईये के हटलें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।