लाडला के संगीतमय शुरूआत भइल

Khesari-withकृति इंटरटेनमेन्ट के परोसा आ आस्था आर्ट अउर रंजीत सिंह इंटरटेनमेन्ट के भोजपुरी फिलिम ‘लाडला’ के संगीतमय मुहूर्त हालही में मुम्बई के जिप रिकॉर्डिंग स्टूडियो में कइल गइल. ई फिलिम दर्शकन के संदेश दिहला का साथही ओह लोग के पूरा मनोरंजनो करी.

एह फिलिम में सुपरस्टार खेसारी लाल यादव एगो नया अंदाज में सामने अइहें. एही फिलिम से निर्माता बनल रंजीत सिंह फिलिम में एगो दमदार किरदारो करीहें.

निर्माता सुधीर कुमार मिश्रा, नीलाभ तिवारी आ रंजीत सिंह, निर्देशक प्रेमांशु सिंह, सह निर्माता आ कथा-पटकथा-संवाद लेखक नन्हे पाण्डेय, संगीतकार अविनाश झा घुंघरू, गीतकार प्यारे लाल यादव कवि जी, आजाद सिंह, आ प्रोफेसर लक्ष्मण बागी, आ कला निर्देशक संदीप तिवारी हउवें.

फिलिम के मुख्य कलाकार खेसारी लाल यादव आ रंजीत सिंह वगैरह बाड़े. बाकी कलाकारन के चुने के काम जारी बा.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..