लाडला के संगीतमय शुरूआत भइल

Khesari-withकृति इंटरटेनमेन्ट के परोसा आ आस्था आर्ट अउर रंजीत सिंह इंटरटेनमेन्ट के भोजपुरी फिलिम ‘लाडला’ के संगीतमय मुहूर्त हालही में मुम्बई के जिप रिकॉर्डिंग स्टूडियो में कइल गइल. ई फिलिम दर्शकन के संदेश दिहला का साथही ओह लोग के पूरा मनोरंजनो करी.

एह फिलिम में सुपरस्टार खेसारी लाल यादव एगो नया अंदाज में सामने अइहें. एही फिलिम से निर्माता बनल रंजीत सिंह फिलिम में एगो दमदार किरदारो करीहें.

निर्माता सुधीर कुमार मिश्रा, नीलाभ तिवारी आ रंजीत सिंह, निर्देशक प्रेमांशु सिंह, सह निर्माता आ कथा-पटकथा-संवाद लेखक नन्हे पाण्डेय, संगीतकार अविनाश झा घुंघरू, गीतकार प्यारे लाल यादव कवि जी, आजाद सिंह, आ प्रोफेसर लक्ष्मण बागी, आ कला निर्देशक संदीप तिवारी हउवें.

फिलिम के मुख्य कलाकार खेसारी लाल यादव आ रंजीत सिंह वगैरह बाड़े. बाकी कलाकारन के चुने के काम जारी बा.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।