लालू आ नीतीश के राहत के साँस लेबे के मौका मिल गइल


काल्हु सबेरे से रिपब्लिक टीवी प आइल खुलासा का बाद लालू आ नीतीश केा मुँह से आवाज ना निकलत रहल ह. दूनू जने के बुझात नइखे कि एह फाँस से कइसे निकलल जाव. नीतीश के हालत त साँप छछून्दर वाला हो गइल बा. अगर लालू प एक्शन लेत बाड़न त उनुकर सरकार जात बा आ नइखन लेत त उनुकर इज्जत जात बा. फेर कवना मुँह से अपना के सुशासन बाबू साबित करा पइहें नीतीश. अब एह लोग के राहत के साँस लेबे के मौका मिल गइल बा काहे कि आजु दिल्ली के आआापा सरकार के मंत्री कपिल मिश्रा मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल प दू करोड़ रुपिया घूस लेबे के आरोप लगवले बाड़न. उनुकर कहना बा कि उनुका सोझा सत्येन्द्र जैन दू करोड़ रुपिया केजरीवाल के दिहलन आ एह बाति के ऊ कवनो कोर्ट में कवनो अधिकारी का सोझा कह सकेलें.
अरविन्द केजरीवाल प लागल आरोप का बाद आजु गूंग बने के मौका उनुकर आ गइल बा. हालांकि केजरीवाल से पिछाड़ प लात खा के आआपा से बाहर फेंकाए वाला योगेन्द्र यादव आ आआपा नेता कुमार विश्वास के कहना बा कि एह बात प भरोसा ना कइल जा सके. अरविन्द प लागल कवनो आरोप के एक बेर सही मानल जा सकेला बाकि घूसखोर होखे के आरोप ना मानल जा सके.
कपिल मिश्रा के कहना बा कि जब ऊ अरविन्द से एह बारे में सवाल कइलन त कवनो जबाब ना मिलल तब ऊ कहलन कि एह बाति के एंटी करप्षन ब्यूरो से जा के बतइहें त उनुका के मंत्रीमंडड से निकाले के फैसला ले लीहल गइल बा. ओकरा पहिले ले कपिल एकदम ठीक रहलन बाकि सही बात कहते अनेरिया हो गइलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।