लालू का गोदी में बइठत नीतीश के लाजो ना लागल, कहलन अमित शाह

अमित शाह के भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष बनावे के सशसदीय बोर्ड के फैसला के आजु भाजपा के नेशनल काउन्सिलो से मंजूरी मिल गइल. एह मौका पर सभा के संबोधित करत अमित शाह कहलन कि लालू के जंगल राज का खिलाफ भाजपा संगे मिल के नीतीश बरीसन बिहार के सरकार चलवन. बाकिर अब अपना गद्दी के लालच में ओही लालू यादव का गोदी में बइटत उनुका तनिको लाज ना लागल.
अमित शाह के एह बयान पर लालू कहलन कि एक जमाना में नीतीश कुमार के गोड़पड़िया करे वाला अमित शाह आजु उनुका खिलाफ बोलतारें. एही से लागत बा कि उनुका बिहार में अपना हार के अनेसा हो गइल बा. लालू कहलन कि अमित हमनी के चिंता मत करसु काहे कि अबकी हमनी का बिहर से भाजपा के सफाया कर देब जा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।