लालू के खासमखास शकील खान नीतीश के पँजरा अइले

एक जमाना में लालू प्रसाद के खासमखास रहल शकील अहमद खान अब नीतीश कुमार का पँजरा आ गइल बाड़न. काल्हु ऊ नीतीश कुमार का मौजूदगी में जदयू के सदस्य बनलन आ नीतीश कहलन कि शकील अहमद का अइला से जदयू अउरी मजबूत हो गइल.

नीतीश कुमार सावधान ना रहीहन त हो सकेला कि कवनो दिने साधु आ सुभाषो जदयू के मशाल थामे आ जाव लोग. बस अतने रहे कि चाहीं कि मशाल में लालटेन से बेसी रोशनी के गारंटी रहो.

ना बाप बड़ा ना भईया यारा सबले बड़ा रुपैया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..