लालू खानदान के कंपनी के साढ़े तीन करोड़ के बेनामी संपति जब्त


पटना, 26 अप्रैल. बियफे का दिने इन्कम टैक्स विभाग पटना में छापा मार के फेयर ग्रौ होल्डिंग प्राइवेट लिमिटेड के 3 करोड़ 67 लाख के संपति जब्त क लिहलसि. एह कंपनी से लालू खानदान के चार बेकत के नाम जुड़ल रहल बा.
अब आयकर विभाग चारा घोटाले में जेल के सजा काटत लालू प्रसाद के दुनु बेटा – तेजप्रताप आ तेजस्वी – से शुक का दिने पूछताछ करे वाला बा. दुनु जने के नोटिस भेज दिआइल बा. एह लोग के 23 अप्रैलो के बोलावल गइल रहुवे बाकिर दुनु में से कवनो जना ना चहुँपले.
बतवले रहे लोग कि घर में सभे तेजप्रताप के बिआह का तइयारी में लागल बा आ अबहीं हाजुर नइखे हो सकत लोग.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।