Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

लालू गबड़ा गइलें आ नीतीश घबड़ा ग‎इले

Lotus-symbolमानीं त विधान परिषद के 24 गो सीट खातिर करीब पूरा बिहार में करावल गइल चुनाव विधानसभा चुनाव से दू महीना पहिले करावल सर्वेक्षण कहल जा सकेला. अतना बढ़िया सैम्पल शायदे कवनो सर्वे में होला जवना में समाज के हर वर्ग, हर उमिर, आ हर तरह के लोग शामिल रहल. परिषद चुनाव के वोटर कवनो ना कवनो चुनाव में जीतल प्रतिनिथि रहलें त कहल जा सकेला कि ऊ लोग अपना राजनीतिक सोच का बाहर जा के वोट ना कइले होखी.

विधान परिषद चुनाव से अतना त साफ साबित हो गइल कि समोसा में आलू भलहीं बरकरार बा बिहार से लालू के जमाना चल गइल बा. उनका में अब अतना बेंवत नइखे रहि गइल कि अपना समर्थक के वोट दोसरा के दिअवा सकसु. नीतीश के वोट त लालू के मिल गइल बाकिर लालू के वोट नीतीश के ना मिल सकल. एकरे नतीजा ह कि पिछला बेर 10 गो सीट पर जीतल जदयू अबकि अपना ‘महागठबन्हन’ का बावजूद महज पाँचे सीट पर सिमट के रहि गइल. अब लालू के गबड़ा गइला का बाद नीतीश कुमार आवे वाला विधानसभा चुनाव ले के घबड़ा गइल बाड़न.

छपरा सिवान गोपालगंज के इलाका लालू के गढ़ मानल जात रहुवे आ एहिजा से उनकर सूपड़ा साफ हो गइल. तीनो जगहा से भाजपा जीतल. पिछला बेर महज तीन सीट पर जीतल लालू अबकी नीतीश का वोट का सहारे चार गो सीट जीत ले गइलें. कांग्रेस के एह चुनाव में 1 सीट के फायदा मिल गइल जबकि पिछला बेर ओकरा लगे एको सीट ना रहुवे.

अबकी का चुनाव में भाजपा 11 सीट से जीतल बिया. ओकर जीतल उमीदवारन में बाड़े छपरा से सच्चिदानंद राय, औरंगााबाद से रंजन कुमार सिंह, गोपालगंज से आदित्य पांडेय, -दरभंगा से सुनील सिंह, पूर्णिया से दिलीप जायसवाल, सासाराम से संतोष सिंह, समस्तीपुर से हरी नारायण चौधरी, मधुबनी से सुमन महासेठ, सिवान से टुन्नाजी, बेगूसराय से रजनीश, आ मोतिहारी से बबलू गुप्ता. पिछला बेर भाजपा के महज 5 गो सीट रहुवे आ अबकी कटिहार से भाजपा के समर्थन से जीतल अशोक अग्रवाल के जोड़ लीं त ओकर 12 गो सीट हो गइल. भाजपा के सहयोगी पार्टी लोजपा के अबकी महज एके सीट सहरसा से नूतन सिंह के मिलल बा. भाजपा गठबन्हन 24 में से 14 गो सीट जीत के ‘महागठबन्हन’ वालन के अपना योजना पर फेरू से सोचे ला मजबूर कर दिहले बावे.

जदयू के मिलल पाँच गो सीट में शामिल बा नालंदा से रीना देवी, मुजफ्फरपुर से दिनेश सिंह, गया से मनोरमा देवी, नवादा से सलमान रागिव, आ भागलपुर से मनोज यादव के. राजद के मिलल चार गो सीट रहल हाजीपुर से सुबोध राय, सीतामढ़ी से दिलीप राय, आरा-बक्सर से राधा चरण साह, आ मुंगेर से संजय प्रसाद के. कांग्रेस बेतिया से राजेश राम के सीट जीतले बिया.

सबले अचरज वाला सीट रहल पटना के जहाँ से जेल में बंद रह के चुनाव लड़त आ लालू खेमा में रहल रीतलाल यादव के जीत. ऊ जदयू आ भाजपा के उमीदवार के हरा दिहलन आ साबित करा दिहलन कि लालू गोल के वोट जदयू के नइखे मिलल.

अपना गोल के मिलल हार का बाद मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि ऊ एह चुनाव के इज्जत के सवाल ना बनवले रहले एहिसे हार भइल. नीमन भइल कि एह नतीजा से ऊ सावधान हो गइलन.

भाजपा के कहना बा कि एह चुनाव में सरकारी तंत्र के खूब दुरुपयोग कइल गइल, जनप्रतिनिधियन के मुकदमा में फँसावे के धमकी दीहल गइल बाकिर एह सब का बावजूद नीला गठबन्हन के रंग ना चढ़ल चुनाव पर. नीतीश कुमार आ लालू प्रसाद कबो दोसरा के परचा भराई में ना जात रहलन बाकिर अबकी दुनू जने गइलन.

लालू प्रसाद के कहना बा कि एह चुनाव में सिद्धांत आ उसूल के धज्जी उड़ा दीहल गइल. धन आ बल के बेजा इस्तेमाल कइल गइल जवन कि लोकतंत्र खातिर घातक संकेत बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *