लालू हमरा के जबरदस्ती खींच के अँकवारी बान्ह लिहले रहले

लालू प्रसाद से गर मिलल केजरीवाल के गर में अटक गइल बा. अपना गोल के लोग के समुझावे ला काल्हु केजरीवाल कहलन कि हम का करतीं, लालू हमरा के जबरदस्ती खींच के अँकवारी बान्ह लिहलें आ हमार हाथ ले के उठा लिहलन.
एह बयान का बाद केजरीवाल के जम के खिंचाई होखत बा सोशल मीडिया पर. तरह तरह के बयान से पट गइल बा सोशल मीडिया. कुछ लोग एहमें कुछ अउर देखे लागल बा आ पूछत बा कि अँकवारिए बन्हले कि कुछ अउर क दिहलें!
बाकिर केजरीवाल के बयान राजद के बहुते खराब लागल बा आ राजद प्रवक्ता मनोज झा के कहना बा कि केजरीवाल के बढ़िया से मालूम रहुवे कि ऊ कवना काम खातिर आवत बाड़ें आ अब लालू के खिलाफ बयान दे के केजरीवाल बिहार के अपमान कइले बाड़न. केजरीवाल के एह गलती खातिर माफी माँगे के चाहीं आ आपन बयान वापस ले लेबे के चाहीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *