लाल कला मंच मनवलसि प्रेमचंद के 135 वां जनमदिन

LalBihariLal
साहित्य,पर्यावरण आ संस्कृति पर काम करेवाला संस्था लाल कला मंच पिछला दिने प्रेमचंद के 135 वां जनमदिन के काव्यगोष्ठी का रुप में मीठापुर में मनवलसि.

कवि गोष्ठी के शुरुआत भइल लाल बिहारी लाल के सरस्वती वंदना से –
अइसा माँ वर दे. विद्या के साथे-साथे सुख, समृद्धि से सबके भर दे.

कार्यक्रम के अध्यक्षता कामरेड जगदीश चंद्र शर्मा कइले आ दिल्ली आ फरीदाबाद के अनेके कवि लोग एहमें आपन कविता सुनवलें जइसे कि लाल बिहारी लाल, जय प्रकाश गौतम, शिव
प्रभाकर ओझा, आकाश पागल, के.पी. सिंह कुवंर, सुरेश मिश्र अपराधी, मलखान सैफी वगैरह. सभे आपन-आपन कविता से सुनेवालन के मन मोह लिहले.

बाद में संस्था के सचिव लालबिहारी कहले कि प्रेमचंद जी के लिखल बहुते सरल आ सुबोध भाषा में बा आजो उनकर रचना समाज में सराहल जाला आ आजुओ ऊ उपयोगी बा.

प्रेमचंद जयन्ती का मौका पर भइल एह कार्यक्रम में अनेके लोग मौजूद रहल जवना में लाल चंद्र प्रसाद, लोक नाथ शुक्ला, महेश बछराज, ललित शर्मा, अशोक कुमार, रमेश गिरी, कृपा शंकर, रवि शंकर वगैरह अनेके खासमखास लोग रहुवे.

कार्यक्रम के समापन संस्था के अध्यक्ष सोनू गुप्ता के धन्यवाद ज्ञापन से भइल.


(लाल बिहारी लाल)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *