‘‘लाल दुपट्टेवाली’’ के संगीत मुहुर्त


काशवी इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति ‘‘लाल दुपट्टेवाली’’ के संगीत मुहुर्त पिछला दिने ट्रीनिटी रिकॉर्डिंग स्टूडियो में धूमधाम से कइल गइल. निर्मात्री मनोरमा सिंह आ निर्देशक शैलेश पाण्डेय के एह फिल्म में एक्शन स्टार विराज भट्ट, नवोदित रोहित सिंह, अंजना सिंह, संजय पाण्डेय, गोपाल राय, बंदिनी मिश्रा, सोनिया मिश्रा, प्रदीप, अजय शर्मा, अभिषेक सिंह, तडक शर्मा, रितु ढिल्लन, गीता आ महानायक कुणाल सिंह के खास भूमिका बा.

संगीतकार ओम झा, छायांकन करीहें प्रमोद पाण्डेय, नृत्यनिर्देशक कानू मुखर्जी हउवें. डीडी नेशनल के धारावाहिक “मंगलसूत्र” के रोहित सिंह एह फिल्म से पहिला बेर बड़का परदा पर नजर अइहन.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।