लावारिश बैग सभके अझुरा के रखलसि

गोरखपुर 29 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर कैन्ट क्षेत्र मे मंगल के साँझ टाउनहाल स्थित महात्मा गांधी के प्रतिमा का सोझा एगो लावारिश बैग सभके अझुरा दिहलसि.

सूत्र बतवले कि पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारियन के एकर जानकारी दीहल गइल त ऊ लोग चहुँपल बाकिर ओह बैग का नियरा जाए के केहू के हिम्मत ना होत रहे. तले बैग में बमहोखे के अफवाहो पसर गंइल रहे.

बाद में खोजी कुत्ता बोलावल गइल त ऊ बैग का लगे जा के लवटी आइल. तब बैग कवनो विस्फोटक ना होखे के विश्वास क के बैग खोलल गइल त ओहमें से बचवन आ ओरत के कपड़ा आ मेकअप के सामान मिलल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।