लीरा का लोरी से रुपिया अँउघाइल

मुंबई, 14 अगस्त (वार्ता). तुर्की के मुद्रा लीरा के दाम में लगातार हो रहल भारी गिरावट का दबाव में दुनिया के कई देशन के मुद्रा का साथही भारत के रुपियो लपटाइल जात बा आ आजु अंतर बैकिंग विदेशी मुद्रा बाजार में एक डॉलर के बदले रुपिया में दाम 70.08 रुपिया हो गइल. आजु ले रुपिया कबो अतना ना गिरल रहुवे.
आजु कारोबार के शुरुआत में विनिमय दर 69.85 पर खुलल आ बढ़त बढ़त 70.08 के रिकार्ड पर चहुंप गइल. सोमारो का दिने रुपिया के विनिमय दर में रिकॉर्ड गिरावट आइल रहुवे आ एक डॉलर के दाम 1.58 प्रतिशत उछाल मारत 68.83 रुपिया से 69.93 रुपिया हो गइल रहुवे.
रुपिया, लीरा, डॉलर

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।