लूटपाट के विरोध करत होमगार्ड के गोली मारल गइल

सिवान जिला के मुफस्सिल इलाका में बढ़नी गांव का नियरा लूटपाट के विरोध करत होमगार्ड के जवान के अपराधी गोली मार के गंभीराहे घवाहिल कर दिहले.

पुलिस बतावत बिया कि होमगार्ड जवान दूधनाथ बैठा अतवार का साँझ आपन ड्यूटी पूरा क के अपना गाँव बढ़नी जात रहलन तबहिए उनकर नजर गांवे का लगे एगो मोटर साइकिल सवार से लूटपाट करत कुछ बदमाशन पर पड़ल. होमगार्ड जवान जब लूटपाट रोकल चहले त अपराधी सब उनुका के गोली मार दिहले.

घवाहिल जवान के सिवान अस्पताल मे भरती करावल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।