लॉकडाउन के बादे शुरू हो पाई ‘पारो’ के शूटिंग

उपेंद्र फिल्म्स के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ‘पारो’ के शूटिंग 15 अप्रैल से बिहार के सिवान जिला में होखे वाला रहुवे.
अब एह शेड्यूल में बदलाव कइला के जानकारी फिलिम के हीरो स्टाइलिस स्टार यश कुमार दिहले बाड़न.
कहलन कि कोरोना से बचे ला सभका लॉकडाउन माने के चाहीं. आ हमनी कलाकारो एह हालात में देश के सरकार का साथे बानी जा.
जाने जोग बा कि एह फिलिम में यश कुमार के हीरोइन पूनम दुबे रहे वाली बाड़ी. ‘पारो’ के निर्माता उपेंद्र कुमार गिरी आ निर्देशक नीलमणि सिंह हउवें.
फिलिम के कहानी एगो गांव के साँच प्रेम कहानी पर आधारित बा. एह फिलिम में लोग के स्वस्थ मनरंजनो होखी आ एगो खूबसूरत प्रेम के अभिव्यक्तियो होखी.
विकास सिंह वीरप्पन आ देव सिंह खास किरदारन में नजर अइहें. डीओपी आर आर प्रिंस, संगीतकार धनंजय मिश्रा आ गीतकार प्यारेलाल कवि, कुंदन प्रीत अउर राज यादव के रही.
(बजरिए – हंगामा मीडिया)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।