लॉ युनिवर्सिटी के कुलपति अबहीं ले तय ना हो पावल

पिछला २३ मार्च के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ मुलायम सिंह यादव डा॰ राम मनोहर लोहिया नेशनल लॉ युनिवर्सिटी के दौरा कइले रहलें त उमेद जागल रहे कि जल्दिए एह विश्वविद्यालय के कुलपति नियुक्त करे के फैसला हो जाई. पिछला कुलपति आपन समयावधि पूरा कर के जनवरीए में रिटायर कर गइल रहलें आ तब से विश्वविद्यालय कुलपतिविहीन चलत बा. विश्वविद्यालय का विधान में प्रो वीसी के कवनो व्यवस्था नइखे जेहसे कुलपति के गैरमौजूदगी में काम चल सके. एह चलते लॉ विश्वविद्यालय के रोज रोज के काम में अड़चन पड़त बा.

भारत के मुख्य न्यायाधीश का कहला पर बनल कुलपति नियुक्त करे वाली समिति आपन सलाह सरकार के भेज चुकल बिया बाकिर पता ना कवना कारण सरकार ओह पर कुंडली मार के बइठल बिया.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।