लॉ युनिवर्सिटी के कुलपति अबहीं ले तय ना हो पावल

पिछला २३ मार्च के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ मुलायम सिंह यादव डा॰ राम मनोहर लोहिया नेशनल लॉ युनिवर्सिटी के दौरा कइले रहलें त उमेद जागल रहे कि जल्दिए एह विश्वविद्यालय के कुलपति नियुक्त करे के फैसला हो जाई. पिछला कुलपति आपन समयावधि पूरा कर के जनवरीए में रिटायर कर गइल रहलें आ तब से विश्वविद्यालय कुलपतिविहीन चलत बा. विश्वविद्यालय का विधान में प्रो वीसी के कवनो व्यवस्था नइखे जेहसे कुलपति के गैरमौजूदगी में काम चल सके. एह चलते लॉ विश्वविद्यालय के रोज रोज के काम में अड़चन पड़त बा.

भारत के मुख्य न्यायाधीश का कहला पर बनल कुलपति नियुक्त करे वाली समिति आपन सलाह सरकार के भेज चुकल बिया बाकिर पता ना कवना कारण सरकार ओह पर कुंडली मार के बइठल बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..