लोकसभा चुनाव मे भाजपा के आन्ही चले के बात कहले कल्याण सिंह

कानपुर में 19 अक्टूबर के भइल भाजपा के रैली में उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल कल्याण सिंह कहले कि पांच गो राज्यन के विधानसभा चुनाव खतम होखते भाजपा. के पक्ष मे आन्ही चले लागी आ लोकसभा मे ओकरा अपार बहुमत मिली.
कल्याण सिंह यूनीवार्ता से बतियावत कहलन कि कांग्रेस के भ्रष्टाचार, सपा के गुंडाराज, अउर बसपा के लूटराज से जनता त्रस्त बिया, पूरा देश मे भाजपा आ मोदी के जवन हवा बा तवन विधानसभा चुनाव बाद आन्ही में बदल जाई.
कल्याण सिह कहलन कि ऊ भाजपा मे शामिल हो चुकल बाड़े. कुछ तकनीकी काम पुरा भइला का बाद ऊ पार्टी के सदस्यता ले लीहें. चुनाव लडला का बारे में कहलन कि एटा से टिकट मँगले बाड़न आ मिलल त ओहिजे से चुनाव लड़ीहे. कहलन कि साल 2014 के लोकसभा चुनाव युग बदले वाला साबित होखी.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।