लोग के आगा करिके नेता दिल्ली चलि गइले

यूपी में समाजवादी पार्टी आजु सोमार का दिन से तीन दिन के आन्दोलन शुरु कइले बिया जवना में बसपा के राज में जनता पर हो रहल अत्याचार का खिलाफ जनता के जगावल जाई. पहिला दिने राज्य में कई जगहा से सपा के आन्दोलनकारियन से पुलिस से झड़प होखे के खबर बा. पहिले कहल गइल रहे कि मुलायम सिंह आ अखिलेश सिंह के नजरबन्द कर दिहल गइल बा बाकिर ऊ दुनु जने आजु संसद का बईठक में शामिल होखे दिल्ली चलि गइले आ अपना समर्थकन के राज्य प्रशासन से अझुराए खाति छोड़ गइलें. सपा के दावा बा कि आजु प्रदेश भर में करीब पचास हजार कार्यकर्ता गिरफ्तार कइल गइले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..