लोग के पेट भरे के बा त किसान के पाकिटो भरे के इन्तजाम करे के होखी : मोदी

मंगल का दिने नई दिल्ली में मनावल गइल भारतीय कृषि अनुसंधान परिषद के 86वाँ स्थापना दिवस के मौका पर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि किसान आ खेती के बढ़ावा देबे खातिर अइसन उपाय करे के होखी कि किसान के आमदनीओ बढ़ो आ खेती के पैदावारो. कहलन कि वैज्ञानिकन के किसानन से मिल जुल के अनुसंधान योजना बनावे के चाहीं.
एह मौका पर मोदी एगो नया नारा दिहले कि हर बूंद प अधिका फसल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।