लोफर सुपर हिट हो गइल

Monalisa and Nirahua in Lofar
“भोजपुरिया डॉन” के मिलल शानदार सफलता का बाद निर्देशक रवि सिन्हा के नयको निर्देशित फिल्म “लोफर” सुपर हिट हो गइल बा. एह फिल्म में निरहुआ, मोनालिसा, आ पाखी हेगडे के खास भूमिका बा. भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के मजगर एक्शन सीन, लाजवाब कामेडी, आ लहरदार रोमांस भीड़ के सिनेमा हॉल खींच ले आवत बा. अक्षत फिल्म इन्टरनेशनल का बैनर में मोनिका सिन्हा के बनावल एह फिल्म में गाँव देहात के बात कइल गइल बा. निरहुआ के डबल रोल बा. गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल कवि, आ श्याम देहाती के, संगीत राजेश रजनीश के बा. बतावे लायक बा कि धर्मेन्द्र अभिनीत हिन्दी फिल्म “लोफर” अस धूम मचवले रहे कि ओकरा बाद कई गो हीरो ओह रोल के कइलन. जइसे कि अनिल कपूर आ मिथुन चक्रवर्ती. अब भोजपुरीओ में “लोफर” बन गइल आ एह लोफरन में निरहुओ के नाम जुड़ गइल बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।