लोहा भईया सीपी भट्ट आपन लोहा मनवावत बाड़न


भोजपुरी सिनेमा के मोजूदा स्वर्णिम काल में हर कलाकार आपन आपन जगह बनावे में लागल बा आ अइसनके एगो हास्य कलाकार हउवें सी॰पी॰भट्ट, जिनका के लोग लोहा भईया का नाम से बेसी जानेला. भोजपुरी सिनेमा में हास्य कलाकार का रुप में सी॰पी॰भट्ट आपन जगह सुरक्षित बना चुकल बाड़े. बिहार आ यूपी में आपन जलवा देखवला का बाद सी॰पी॰भट्ट के फिल्म “भईया के साली ओढ़नियावाली” अब मुंबई में आपन कमाल देखावे जा रहल बा. एह फिल्म में लोहा भईया के अदाकारी के प्रशंसा फिल्म के नायक पवन सिंह तक कइले बाड़न. लोहा भईया के अदाकारी के कमाल बा कि फिल्म में रीतू पाण्डेय का साथे उनुकर चुम्मा के सीन फूहड़ भा अश्लील ना लाग के दर्शकन के हँसे पर मजबूर कर देला. एगो अउरी फिल्म “जरा देब दुनिया तोहरे प्यार में” नायक रविकिशन के दोस्त बनल सी॰पी॰भट्ट के हर केहू प्रशंसा कइले रहे. भोजपुरी आ हिन्दी सिनेमा का साथ साथ भट्ट महुआ टीवी आ मैजिक टीवी के कई गो टेली सीरियलो में काम कर रहल बाड़न.


(स्रोत – दिनेश चन्दर)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।