वंदेमातरम के नयका संस्करण के गायकन में मनोज तिवारी

भारत के राष्ट्रगीत वंदेमातरम् के एगो नया संस्करण तईयार कइल गइल बा जवना में भोजपुरी के लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी समेत पंडित विश्व मोहन भट्ट, सोनू निगम, शंकर महादेवन आ सुनिधि चौहान समेत 21 गो महान विभूतियन के आवाज शामिल कइल गइल बा.

राष्ट्रगीत वंदेमातरम के नयका संस्करण संगीत कंपनी विकॉन म्यूजिक जारी कइले बिया. वंदे मातरम के नयका संस्करण में आपन आवाज दे के रोमांचित महसूस करत बाड़े मनोज तिवारी आ एकरा के आपन एहो बड़हन उपलब्धि मानत बाड़े. वंदे मातरम के एह संस्करण के संगीत कंपोज कइले बाड़े मशहूर कंपोजर विक्रम घोष. एह बारे में बतावत विक्रम घोष के कहना बा कि ‘‘वंदे मातरम के ई वर्जन थॉटफुल अउर फिलॉसिफिकल बा. आजादी के 64 साल बाद एह राष्ट्रगीत के नया कलेवर में प्रस्तुत करे के जरूरत रहे आ एकरा ओरिजनल वर्जन से हटकर हम एह गीत के दिल के गहिराईयन से सँवरले बानी जवना में देश के बेहतरीन गायक आपन आवाज दिहले बाड़न.’’

एह गायकन में मनोज तिवारी, सोनू निगम, शंकर महादेवन, सुनिधि चौहान, शान, शुभा मुदगल, रूप कुमार राठौड़, महालक्ष्मी अइयर, उस्ताद राशिद खान, पंडित अजय चक्रवर्ती कौशिकी देसिकान आ पलाश सेन समेत 21 गायक शामिल बाड़े.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

1 Comment

  1. amritanshuom

    सब गायक लोगन के वंदेमातरम .
    ओ.पी.अमृतांशु

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।