वइसनका गवला से का फायदा ?

बहुते फिल्म आ सैकड़ो अलबम खातिर गा चुकल इन्दु सोमाली ओह दिन फेर पटना के पीजी सुपर साउन्ड में एगो देवी गीत के अलबम रिकार्ड करावे आइल रहली. बातचीत होखे लागल त बतवली कि ऊ विनय बिहारी के शुक्रगुजार बाड़ी जे उनका के फिल्मन में गावे खातिर ब्रेक दिअवलें. अपना आवाज का दम पर इन्दु सोमाली ओह ब्रेक का बाद जमत गइली आ आजु बढ़िया मुकाम पर चहुँप चुकल बाड़ी.

बतवली कि पहिले ऊ स्टेज शो करत रहली. फेर अलबम खातिर गावे के मौका मिलल आ सबसे पहिले ऊ एही स्टूडियो, पीजी सुपर साउण्ड, में आइल रहली. फेर संजोग से विनय बिहारी से भेंट भइल. विनय बिहारी इन्दु सोमाली के सब जगह ले जा के परिचय करवलें आ कहलें कि बढ़िया गायिका हई, मौका दीहिं.

भोजपुरी में फूहड़ गीत के बहुतायत पर कहली कि ऊ उहे गावेली जवन सुने वाला पसन्द करेलें. कहली कि खाली भजन गाईं आ केहू सुने वाला ना होखे त गवला से का फायदा ? हँ अतना जरुर कोशिश करेली कि गाना के बोल से वइसन हिस्सा निकाल दिहल जाव जवन सही नइखे.

नयका गायक गायिका के दिशा निर्देश दिहला का बारे में इन्दु सोमाली कहली कि बस अतने कहीहें कि मेहनत करीं आ लागल रहीं. माँ के आशीर्वाद से आजु हम एहीजा बानी कि रउरा भा कुछ लोग हमरा के जाने लागल बा.


(स्रोत – संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।