"वर्दी वाला गुंडा" बनलन रजनीश झांजी

करीब तीन दर्जन छतीसगढ़ी फिलिमन के सफल अभिनेता रहल रजनीश झाजी निर्माता राजेश सिंह आ पप्पू जी के भोजपुरी फिल्म “दिल ले गईल ओढनिया वाली” में मुख्य खलनायक के किरदार निभवला का बाद अब उनुकरे प्रोडक्शन के हिंदी फिल्म “वर्दी वाला गुंडा” में फेर से खलनायक के किरदार करत नज़र आवे वाला बाड़न. एह फिल्म के निर्देशित करीहें मशहूर निर्देशक फारूख सिद्दकी, जिनका निर्देशन के तारीफ सभे करेला. बातो सही बा काहेकि फारूख सिद्दकी सुलझल निर्देशक होखला का साथे तकनीकीओ रूप से मजबूत हउवें.

रजनीश झाजी कहेलन कि ऊ निर्माता राजेश जी आ पप्पू जी के जतनो धन्यवाद् देसु ऊ कमे होखी. काहे कि ऊ लोग दुबारा उनुका के चुनल आ एगो मँजल निर्देशक का साथे काम करे के मौका दिहलसि. फारूख जी का साथे काम करे के अनुभवो बहुत बढ़िया रहल.

वर्दीवाला गुण्डा में दिनेश यादव निरहुआ, अंजना सिंह आ शशिमोहन सिंह खास कलाकार बाड़े.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..