वाजपेयी जी के आखिरी संस्कार आजु, सात दिन के राष्ट्रीय शोक

नयी दिल्ली 16 अगस्त (वार्ता) भारत सरकार आपन पुरान प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी जी के निधन पर उनुका सम्मान में सात दिन के राष्ट्रीय शोक के एलान कइले बिया. उनुकर आखिरी संस्कारो आजु साँझे राजघाट का लगे स्मृति स्थल में कइल जाई.
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अध्यक्षता में काल्हु राति एहिजा भइल केन्द्रीय मंत्रिमंडल के बइठक में ई फैसला कइल गइल. वाजपेयी जी का सम्मान में देश में आजु से 22 अगस्त ले राष्ट्रीय शोक मनावल जाई आ एह सगरी सरकारी भवनन पर राष्ट्रीय ध्वज अधवे पर फहरावल जाई. एह दौरान कवनो सरकारी समारोह आयोजित ना कइल जाई.
वाजपेयी जी के आखिरी संस्कार पूरा राजकीय सम्मान का साथे राजघाट का नियरा राष्ट्रीय स्मृति स्थल में कइल जाई.
आखिरी संस्कार का दिने केन्द्र सरकार के सगरी कार्यालय केन्द्रीय उपक्रमों में दुपहरिया बाद छुट्टी रही. राष्ट्रीय शोक का अवधि में विदेशों में भारतीय मिशनन आ उच्चायोंगनो पर राष्ट्रीय ध्वज आधा झुकल रही.
भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष अमित शाह बाद में पत्रकारन के बतवलें कि वाजपेयी जी के आखिरी संस्कार साँझ चार बजे राजघाट का नियरा राष्ट्रीय स्थल पर कइल जाई.
आम जनता के दर्शन ला उनुकर पार्थिव शरीर भाजपा के केन्द्रीय कार्यालय पर राखल जाई. काल्हु रात देर ले वाजपेयी जी के सरकारी आवास पर खासमखास लोगन के ताँता श्रद्धांजलि देबे ला लागल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *