वाराणसी के होटल में लागल आग से अफरातफरी

(फाइल फोटो)


वाराणसी, 14 अप्रैल (वार्ता). वाराणसी के दशाश्वमेध इलाका के गोदौलिया में आजु एगो होटल में आग लगला से अफरातफरी मच गइल.
सूचना मिलते दमकलकर्मी मौका पर चहुंप गइलें आ पुलिस अउर स्थानीय लोगन के मदद से होटल में ठहरल सगरी लोग के समय रहते सुरक्षित बाहर निकाल लिहलें.
पुलिस सूत्र बतवलें कि घटना का समय होटल में करीब 100 लोग मौजूद रहुवे, जेहमें से आधा से अधिका लोग दक्खिन भारत के पर्यटक आ श्रद्धालु रहलें. शुरुआती जांच में पता चलल बा कि बिजली के शॉटसर्किट का चलते आग लगुवे.
पुलिस अधिकारी बतवलें कि घटना के सूचना मिलते दमकल के कई एक गाड़ी मौका पर आ गइली सँ आ दमकलकर्मियन के सूझबूझ आ मेहनत से आग पर काबू पा लीहल गइल.
वइसे घटना के जाँच कइल जा रहल बा कि आग कइसे लागल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।