वाराणसी में भोजपुरी किंग के जलवा

भोजपुरी किंग दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के जलवा एह घरी बनारस में देखे लायक बा. दीपावली के शुभ अवसर पर प्रदर्शित उनुकर फिल्म ‘‘निरहुआ मेल’’ वाराणसी में रिकार्ड तोड़ बिजनेस कर देखवले बा. ई फिल्म वाराणसी के छः साल पुरान ओपनिंग रिकार्ड, जवन ‘‘दारोगा बाबू आई लव यू’’बनवले रहुवे, के तूड़ दिहले बा. पहिलका दिने रिकार्ड 55000/- के नेट कलेक्षन मिलल निरहुआ मेल के.

अतने ना, निरहुआ स्टारर एह फिल्म का नामे वाराणसी में कवनो फिल्म के एक हफ्ता के सबले बेसी नेट कलेक्शन पवलो के रिकार्ड हो गइल. फिल्म “निरहुआ मेल” वाराणसी के आनंद मंदिर छविगृह में 2,55,000/- के नेट कलेक्शन पहिला हफ्ता में बिटोरलसि. गौर करे लायक बाति बा कि एही समय किंग खान के “रा-वन” फिल्मो रिलजी भइल तबहियो वाराणसी में रिकार्ड कलेक्शन निरहुआ मेल के रहल. फिल्म में भोजपुरी के नं0 1 अदाकारा पाखी निरहुआ के नायिका बनल बाड़ी.

फिल्म के निर्माण के0 एस0 साईबाबा आ ए0 दासू कइले बाड़न आ निर्देशक हउवें जी0 सुब्बाराव.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।