वाराणसी में भोजपुरी किंग के जलवा

भोजपुरी किंग दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के जलवा एह घरी बनारस में देखे लायक बा. दीपावली के शुभ अवसर पर प्रदर्शित उनुकर फिल्म ‘‘निरहुआ मेल’’ वाराणसी में रिकार्ड तोड़ बिजनेस कर देखवले बा. ई फिल्म वाराणसी के छः साल पुरान ओपनिंग रिकार्ड, जवन ‘‘दारोगा बाबू आई लव यू’’बनवले रहुवे, के तूड़ दिहले बा. पहिलका दिने रिकार्ड 55000/- के नेट कलेक्षन मिलल निरहुआ मेल के.

अतने ना, निरहुआ स्टारर एह फिल्म का नामे वाराणसी में कवनो फिल्म के एक हफ्ता के सबले बेसी नेट कलेक्शन पवलो के रिकार्ड हो गइल. फिल्म “निरहुआ मेल” वाराणसी के आनंद मंदिर छविगृह में 2,55,000/- के नेट कलेक्शन पहिला हफ्ता में बिटोरलसि. गौर करे लायक बाति बा कि एही समय किंग खान के “रा-वन” फिल्मो रिलजी भइल तबहियो वाराणसी में रिकार्ड कलेक्शन निरहुआ मेल के रहल. फिल्म में भोजपुरी के नं0 1 अदाकारा पाखी निरहुआ के नायिका बनल बाड़ी.

फिल्म के निर्माण के0 एस0 साईबाबा आ ए0 दासू कइले बाड़न आ निर्देशक हउवें जी0 सुब्बाराव.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..