वाराणसी मे तीन गो शव बरामद भइल

बियफे का दिने वाराणसी में अलग अलग जगहा से पुलिस तीन गो लाश बरामद कइलसि.

शिवपुर इलाका के बनियापुर गांव मे बुध का रात कुछ लोग घर का बहरी सुतल पैंसठ साल के छोटेंलाल पटेल के गोली मारके हत्या कर दिहल. बियफे का दिने लाश बरामद कर के पुलिस दू आदमी के गिरफ्तार कइले बिया.

मिर्जामुराद इलाका के गौर गांव मे पन्द्रह साल के विवेक राजभर के लाश ओकरा पडोसी का घरे मिलल. विवेक के परिजन ओह पडोसी पर हत्या के आरोप लगवले बाड़े जबकि पडोसी मेवालाल के कहना बा कि ऊ फांसी लगवले बा.

शिवपुर इलाके के गिलट बाजार के एगो मकान से सताइस साल के नवही आलोक.के लाश मिलल. आलोक किराया के मकान मे रहत रहे आ दोसरा जाति में शादी कइले रहुवे.

पुलिस तीनो लाश के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।